जल्दिए रिलीज होखी भोजपुरिया मजदूर
-

आई. एल. गुप्ता फिल्म्स के बैनर में बनल फिलिम ‘भोजपुरिया मजदूर’ का जरिए मजदूर हक़ के लड़ाई लड़े वाला जाबांज नौजवान का भूमिका में मुकेश कुमार परदा पर आवे वाला बाड़ें. एह फिलिम के जल्दिए पूरा देश में रिलीज कइल जाई.

निर्माता एस. एल गुप्ता, लेखक निर्देशक अमर बेताब, सह निर्माता अरुण कुमार गुप्ता, कार्यकारी निर्माता मंगलेश गुप्ता, गीतकार विनय बिहारी, अशोक सिन्हा आ इमरान अंसारी, संगीतकार गुणवंत सेन आ नितेश रंजन. कैमरामैन श्यामल चक्रवर्ती, डांसमास्टर बाली आ रविन्द्र गवास, आ फाइट मास्टर हीरा यादव.

मुख्य भूमिकन में मुकेश कुमार, प्रतिभा पाण्डेय, बंदिनी मिश्रा, बाली सिंह (छेदी), गोपाल राय, नीरज राज पोडेल, समर्थ चतुर्वेदी, देव सिंह, कैलाश चौधरी, मनीष गुप्ता, प्रीति सिंह, नीरू सिंह, ओम प्रकाश गुप्ता आ दीपक भाटिया. आइटम डांसर पूर्णिला.

फिल्म के नायक मुकेश कुमार यूपी के जौनपुर जिला के नदीपुर, मडियाहू, जौनपुर के हउवें बाकिर इनकर बचपन मुंबई, महाराष्ट्र में बीतल. मुकेश कुमार के फिल्मी कैरियर मराठी फिल्म ‘विजय दीनानाथ चौहान मंत्यामला’ में नकरात्मक आ हास्य किरदार से भइल रहे. मुकेश कुमार आजुकाल्हु निर्माता मगन भाई के एहो फिलिम ‘दिल तोहरे नाम’ के शूटिंग में लागल बाड़ें. एह फिलिम में मुकेश के नायिका बाड़ी सुनीता तिवारी आ निर्देशक हउवें शेरू.


(स्रोत : अपना न्यूज)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts