दुलारी आ लाडली बनि के ठुमकीहें सीमा सिंह
-

सिनेमा भोजपुरी के होखे आ ओहमें आइटम नंबर ना होखे ई भला कइसे हो सकेला? फिलिम अपना कहानी का दम पर कम आइटम नंबर से अधिका सुर्खी में रहेलीं सँ. कुछ लोग त इहाँ ले कहेला कि आइटम डांस के बिना फिलिम अधूरा लागेले. लोग थियेटर में मनोरंजन ला आवेला बोर होखे ला ना. से अगर आइटम नीक लागल त बूझ लीं कि फिलिम हिट हो गइल. इहे कारण बा कि आइटम डांसर के डिमांडो खूब हो गइल बा.

पिछला दिने भोजपुरी डांसिंग क्वीन सीमा सिंह दू गो फिलिम साइन कइली ‘नाच दुलारी नाच’ अउर ‘लाडली’.

बालाजी फिल्म्स का बैनर में बनत ‘नाच दुलारी नाच’ के निर्देशन जानल मानल भोजपुरी निर्देशक श्रीधर शेट्टी करीहें. गीत राकेश निराला के आ संगीत राकेश त्रिवेदी के बा. पटकथा केशव राठौड़ आ संवाद मोहम्मद रफी खान लिखत बाड़े. कलाकारन में श्री कनकनी, रीतू, उदय श्रीवास्तव, जफर अली आ रोहित सिंह मटरू के मुख्य भूमिका बा.

‘लाडली’ के निर्माता नरेन्द्र बख़्त, कुमार प्रसाद आ संजीव सिंह कृष्णा हउवें. बैनर अविनाश मोशन पिक्चर्स के आ निर्देशन संजीव सिंह कृष्णा के बा. एहमें सुनील छैला बिहारी, मोनालिसा अउर स्मृति सिंह के मुख्य भूमिका बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts