बिहार में उच्च शिक्षा का मुद्दा पर पटना में सेमिनार

बिहार सरकार के: शिक्षा विभाग 24 फरवरी के पटना के होटल चाणक्या में एगो राष्ट्रीय सेमिनार कराई जवना के विषय होखी ‘बिहार में उच्च शिक्षा की उत्कृष्टता’. एकर अध्यक्षता शिक्षा मंत्री प्रशांत कुमार शाही करीहें. सेमिनार में विश्वविद्यालय अनुदान आयोग के अध्यक्ष प्रो. वेद प्रकाश, टाटा इंस्टीच्यूट आफ सोशल साइंस (मुम्बई) के प्रोफेसर बी वेंकटेश कुमार आ एस मिश्रा अउर विश्व बैंक के डा. कुर्ट लार्सेन समेत अनेके लोग आपन आपन विचार बताई. एह सेमिनार के निष्कर्ष पर तय होखी कि कवन रणनीति बनावल जाव जेहसे उच्च शिक्षा के हालत सुधरे.

0 Comments

Recent Posts