बिहार मे नयका दर से होल्डिंग टैक्स वसूली रोकल गइल
-

बिहार के नगर विकास विभाग होल्डिंग टैक्स बढ़ावे के आपन फैसला पर फिलहाल रोक लगा दिहले बावे. काल्हु सगरी 49 नगर निकायन के निर्देश जारी कर के कह दीहल गइल कि नयका दर पर होल्डिंग टैक्स के वसूली मत कइल जाव आ पुरनके दर से वसूली जारी राखल जाय.
विभाग के कहना बा कि प्रोपर्टी टैक्स बोर्ड बनावे के काम होखत बा आ उहे बोर्ड नया होल्डिंग टैक्स तय करी. सगरी नगर निकायन के बिहार नगरपालिका अधिनियम 2007 के वाजिब धारा में आपन प्रस्ताव प्रोपर्टी टैक्स बोर्ड के भेजे के निर्देश दीहल गइल बा.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..