भोजपुरी परदा पर दक्खिन भारत के सायरन मधु शर्मा के जलवा
-

MadhuSharmaदक्खिन भारत के अनेके सुपरहिट फिलिमन के अदाकारा रहल मधु शर्मा के जलवा एह घरी भोजपुरीओ परदा पर खूबे चलत बा. मशहुर निर्माता अभय सिन्हा आ टी०पी० अग्रवाल के बनावल आ अनिल अजिताभ निदेशित ‘एक दुजे के लिए’ से भोजपुरी परदा पर इंट्री मारे वाली मधु शर्मा अब रविकिशन संगे दयाल निहलनी के लवस्टोरी फिलिम ‘छपरा के प्रेम कहानी’ में लउकीहें.

मधु शर्मा एगो अउर भोजपुरी फिलिम “दुल्हे राजा” में निरहुआ के नायिका बाड़ी. साथही मधु शर्मा भोजपुरी के टीवी चैनलनों के पहिला पसंद बन गइल बाड़ी. पिछला फगुआ का समय मधु शर्मा अंजन टी॰वी॰ आ रिलायंस बिग मैजिक दुनु चैनल पर होली स्पेशल के एंकरिग कइले रहली. हालही में मधु के सतवाँ विश्व भोजपुरी सम्मेलन में फिलिम ‘‘एक दुजे के लिए’’ में कइल अभिनय खातिर सर्वश्रेष्ठ अदाकारा के पुरस्कार दिहल गइल.

सिनेमा भोजपुरी में मिलत एह सफलता से मधु शर्मा गदगद बाड़ी.


(प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts