लालू का सोझा मिमियाइल जदयू
-

shahabuddin
सिवान के कुख्यात क्रिमिनल आ राजद सांसद रह चुकल सैयद शहाबुद्दीन के जेल से रिहाई के राह बनवा देला का बाद नीतीश सरकार के किरकिरी हो रहल बा. कुरसी के मोहपाश में पड़ल नीतीश चारा घोटाला में सजायाफ्ता मुजरिम लालू प्रसाद से गाँठ जोड़ के बिहार के मुख्यमंत्री त बनि गइलन बाकिर उनुकर छवि हमेशा खातिर करिखाह हो गइल. जेल से जमानत पर छूट के बाहर निकलल शहाबुद्दीन नीतीश कुमार पर जुबानी हमला कइल शुरू क दिहलसि. लालू शहाबुद्दीन के बयान के जायज ठहरवले बाड़न.

काल्हु जदयू के बइठकि का बाद लालू का सोझा मिमियात जदयू नेता लालू के गोहार लगवलें आ कहलें कि शहाबुद्दीन के कहला के त महटियावल जा सकेला बाकिर राजद के उपाध्यक्ष रघुवंश प्रसाद सिंह के बयान घोंटात नइखे. आ लालू प्रसाद अपना गोल के नेतवन के बयानबाजी पर रोक लगावसि.

वइसे मौजूदा हालात में लागत नइखे कि लालू एह लोग के मिमियइला पर धेयान दीहें. खस्सी के माई कब ले खरजिउतिया मनाई. देर ना अब सबेरे में नीतीश के विदाई तय बा. अपना पद लालसा का चलते नीतीश आपन राह अपने बिगड़ले बाड़न आ केहु दोसरा के दोसी ना ठहरा सकसु. अपना बेर त भाजपा से कइल गठबन्हन निबाहल याद ना रहल त अब कवना मुँह से राजद के कहीहें गठबन्हन निबाहे के.

शहाबुद्दीन के जुलूस में शामिल भइल जदयू विधायक गिरधारी यादव से पूछाइल बा कि ऊ काहें शहाबुद्दीन के रिहाई बेरा जेल फाटक पर स्वागत करे गइल रहलन आ जब शहाबुद्दीन नीतीश का खिलाफ बोलत रहल त चुप्पी सधले रहलन. अब जदयू के के समुझाने कि यादव का खिलाफ कुछ ना कर सकीहें. तुरता लालू काल अईंठ दीहें. नीतीश के चाहीं कि समय रहते आपन पोंछीटा सम्हारसु आ राजनीति से सन्यास ले लेसु. ना त अउरो फजीहत होखे वाला बा उनुकर.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts