शुभम तिवारी साउथ अफ्रीका से स्टंट सीख के अइले
-

हाई वोल्टेज स्टंट सीखे खातिर पिछला दिने शुभम तिवारी साउथ अफ्रीका के शरण लिहले आ ओहिजा से कमाल के एक्शन सीख के आइल बाड़े. कहलन कि ओहिजा गइला का बादे पता चलल कि एक्शन होला का आ काहे एहिजा के हर बड़का स्टंट शो साउथ अफ्रीका में करावल जाला. ओहिजा ऊ हेलीकाप्टरो से स्टंट करे के सीखले.

अब इहो बतावत चली कि पिछला दिने “मल्ल युद्ध” का एगो सीन खातिर शुभम तिवारी आग के दरिया में कूद के शूटिंग करवले. बाकिर अइसन नइखे कि शुभम खाली एक्शने करेलें. रोमांस आ कामेडियो में उनकर काम लाजवाब होला. मल्लयुद्ध के निर्माता सुनील कुमार चौहान आ निर्देशक चांद मेहतो शुभम के तारीफ करत में ना थाकेले.

स्रोत शशिकान्त सिहं

0 Comments

Recent Posts