सम्मानित भइली मोनालिसा

Monaloisa-honoredभोजपुरी दर्शकन के दिल क धड़कन हॉट गर्ल मोनालिसा के हाल ही में एन.बी.सी. अवार्ड में सर्वश्रेष्ठ भोजपुरी अभिनेत्री के अवार्ड से सम्मानित कइल गइल. महाराष्ट्र दिवस पर वैदेही सचिन के आयोजित कइल एह समारोह में मोनालिसा के वंदना शाह का हाथे प्रशस्ति पत्र आ ट्राफी दे के सम्मानित कइल गइल. एह मौका पर गणेश आचार्या, श्रेया सरन, आ पंकज उधासो के सम्मानित कइल गइल.

मोनालिसा एह सम्मान से बहुते खुश बाड़ी.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts