हुदहुद माने का आ तूफान के ई नाम के राखल?
-

hudhud-bird
हुदहुद चिड़िया के एगो प्रजाति के नाम ह. एह चिड़िया के जिक्र कुरान में आइल बा. हुदहुद के लंबाई करीब तीस सेन्टिमीटर होला. गोड़ बहुते भारी बाकिर छोटहन होला आ एकर पंजा बहुते बरियार होला. आ मुड़ी पर एगो शानदार कलगी रहेला. पोंछ करिया होला जवना में एगो उजर मोट रेघारी उड़त घरी साफे लउकेला. चोंच लमहर आ तनिका टेढ़ होला. अंगरेजी में एह चिड़िया के हूपु (Hoopoe) आ अरबी में हुदहुद कहल जाला जवन एकरा आवाज का चलते रखाइल बा. सीरिया के राजा आ पैगम्बर सोलोमन के प्रिय चिड़ियन में शामिल रहुवे हुदहुद. हालांकि कुछ लोग इहो मानेला कि हुदहुद कवनो चिरई के नाम ना हो के उनकर कवनो कारिन्दा के नाम रहल होई.

साल 2004 का पहिले आवे वाला तूफानन के नाम साल का नाम पर रखात रहे बाकिर ओकरा बाद भारत का पहल पर एगो नया तरीका बना दिहल गइल. अब हिंद महासागर का इलाका में आवे वाला तूफान के नाम बारी बारी से आठ गो देश राखेलें.

अटलांटिक क्षेत्र में अइसन व्यवस्था 1953 से जारी बा. हिंद महासागर षेत्र में नाम राखे के जिम्मा आठ गो देश पर बा जवना में भारत, बांग्लादेश, पाकिस्तान, म्यामांर, मालदीव, श्रीलंका, ओमान आ थाईलैंड बाड़े.

हुदहुद तूफान के नाम राखे के बारी ओमान के रहुवे आ ओमाने हुदहुद नाम दिहलसि. अगिला तूफान के नाम पाकिस्तान राखी आ ओकरा बाद वाला के थाईलैंड.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts