बैरिया के नागेन्द्र सिहं के निधन

द्वाबा के मालवीय कहाए वाला स्व॰ मैनेजर सिहं के बेटा आ कई कॉलेजन के प्रबन्धक सपा नेता नागेन्द्र सिंह के निधन अतवार का दिने दिल्ली में हो गइल. ऊ कुछ दिन से बीमार रहलें आ दिल्ली के एगो निजी अस्पताल में इलाज चलत रहुवे. अब उनकर पार्थिव शरीर सड़क मार्ग से उनका गाँवे करमानपुर ले आ के अंतिम संस्कार करावल जाई.
नागेन्द्र सिंह के मौत पर शोक मनावत उनका से जुड़ल सगरी शिक्षण संस्थान दू दिन ले बंद रहीहें सँ. एहमें सुदिष्टपुरी के सुदिष्ट बाबा इंटर कॉलजे, दूबे छपरा के पीएन इंटड़ कॉलेज, जमालपुर के आचार्य जेबी कृपलानी इंटर कॉलेज वगैरह शामिल बाड़ी सँ.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।