सिवान जेल में छापेमारी का बाद मोबाइल धराइल

सिवान 07 मार्च (वार्ता) सिवान जिला मंडल कारा में छापेमारी का बाद पुलिस मोबाइल समेत अउरियो आपत्तिजनक सामान बरामद कइलस।

जेल अधीक्षक राकेश कुमार के नेतृत्व में आजु सबेरे जेल के वार्डन में छापेमारी का बाद मोबाइल फोन समेत अउरियो नाजायज सामान मिलल बा।

एह बाति के जांच कइल जा रहल बा कि कड़ा सुरक्षा व्यवस्था का बावजूद आखिर कइसे ई सब सामान जेल का भीतर चहुँपावल गइल।

0 Comments

Recent Posts