लोकसभा चुनाव के चउथको डेग सकुशल हो गइल

आजु लोक सभा चुनाव 2024 के चउथका डेग में दस गो राज्य आ केन्द्र शासित प्रदेशन में छितराइल 96 सीटन ले मतदान के काम सकुशल पूरा हो गइल. एकरा साथही आंध्र प्रदेश विधानसभा के सगरी 175 सीटन के आ ओडिशा विधानसभा चुनाव के पहिला डेग में 28 गो सीटनो के चुनाव करा लीहल गइल.

एह बीच दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविन्द केजरीवाल सपना देखत बाड़न कि 4 जून के होखेवाला मतगणना में इंडी गठजोड़ के बहुमत मिल जाई आ उनुका 5 जून के जेल से रिहाई मिल जाई. पता ना कवना कानून का हिसाब से ऊ ई सपना देखत बाड़न. हो सकेला कि उनुका अपना जजन पर पूरा भरोसा बा कि जइसे उनुका के बिना मंगले जमानत दे दीहल गइल ओही तरह बिना कवनो बहस, कवनो सुनवाई कइले देश के महान न्यायाधीश उनुका के जेल से रिहा कर दीहें. ओने कांग्रेस अध्यक्ष मलिकार्जुन खरगे कह दिहले बाड़न कि इंडी गठबन्धन के सरकार बनते सगरी चोरन के रिहा कर दीहल जाई. हालांकि ऊ चोरन के नाम ना लेके भठियरपन करे वाला नेतवने के रिहाई के बात कहले बाड़न बाकिर बाकियो चोरन के उमेद जाग गइल बा.

आजु केजरी इहो साबित करा दिहलन कि कुकूरन के रोटी खियावल कतना फायदेमन्द होला. वइसे ई बात त ऊ बरिसन से साबित करवले आवत बाड़न.आजु पता ना कवना बात पर केजरिवाल का आवास पर चहुँपल आ आ पा के राज्सभा सांसद स्वाति मालीवाल के पिटाई हो गइल. खबर चारो ओर पसर गइल कि स्वाति मालीवाल पुलिस के फोन क के बतवली कि उनुकर पिटाई भइल बा मुक्यमंत्री आवास में. फोन मिलला का कुछ देर बाद दिल्ली पुलिस ओहिजा चुँपल त बाकिर शीश महल में घुसे के अधिकार ओकरा लगे ना रहला का चलते बाहरे रहे के पड़ गइल. दिल्ली महिला आयोग के अध्यक्ष रह चुकल स्वाति मालीवाल बाद में थानो चहुँपली बाकिर कवनो लिखित शिकायत दर्ज ना करवली. कहली कि बाद में आ के शिकायत लिखवइहें. बाकिर अबहीं ले उनुका ओर से लिखित शिकायत मिले के खबर नइखे लउकत कतहीं.

एह बारे में तरह तरह के बात सोशल मीडिया पर चल रहल बा जवना में रहस्य रोमांच सेक्स मारधाड़ हर रस मिल जात बा. बाकिर एह बारे में कुछ खास हो पाई एकर उमेद हमरा त इचिको नइखे. हो सकेला कि स्वाति शिकायते ना लिखवावसु. मगर सबले रेघरियावे जोग खबर ई बा कि बात-बेबात प्रेस कांफ्रेस करे वाला आ आ पा का तरफ से एह बारे में कवनो बयान नइखे आइल आ रोटी खाएवाला कुकुरन से उमेद नइखे कि एह बारे में भूकबो करिहें सँ. कबो देखले बानि कवनो पत्रकार के केजरी से सवाल करत ? जे सवाल कर सकी ओकरा के केजरी का लगे चहुँपहीं ना दीहल जाला आ जेकर चहुँप केजरी का लगे ले बा ओहमें से कवनो नमकहराम खोजलो पर ना भेंटाई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *