मुलायमो के बेटा के नंबर आई

– टीम अंजोरिया

#तेजस्वी #अखिलेश #राहुल #बिहार-चुनाव

मुलायमो के बेटा के नंबर आई
Son of Mulayam is in the que too

आजु के लेख के मथैला कुछ छोट करे के पड़ गइल काहें कि पूरा मथैला लमहर हो जाइत. बाकिर लेख मे त बत‌ावले जा सकेला कि पूरा मथैला का होखे चाहत रहुवे. पूरा मथैला होखे के चाहत रहुवे कि, ‘लालू के बेटा के नंबर त लाग गइल अब मुलायमो के बेटा के नंबर आई.’ आ एह मथैला लायक सामग्री मिल गइल यूट्यूब पर उभरत बाकिर सफल हो चुकल पत्रकार अभिषेक तिवारी के चैनल The Abhishek Tiwari Show पर.

एह वीडियो में बतावल गइल बा कि कवना योजनाबद्ध तरीका से लालू आ उनुका परिवार के एक एक बेकत के घोटालाबाज बना दीहल गइल. देखावा त राहुल खूब कइलन कि बिहार चुनाव महागठबन्हन लड़ी बाकिर काल्हु पहिला चरण के परचा दाखिल करे के दिन बीत चुकला का बादो अबहीं ले महागठबन्हन के सूची तय नइखे हो पावल. कई सीट पर कांग्रेस आ राजद दुनू के उमेदवार परचा लगवले बाड़न आ एकाध जगह बँवारा गोल आ कांग्रेस दुनू के उमीदवारन के परचा दाखिल भइल बा. हो सकेला कि नाम वापसी के तारीख से पहिले कुछ समझौता हो जाव. हो गइल तब त ठीक, ना भइल त तेजस्वी के सपना सपने रहि जाई बिहार के मुख्यमंत्री बने के. राहुल एकर पक्का इंतजाम करे में लागल बाड़न कि तेजस्वी कवनो सूरत में एह हाल में ना आ पावसु कि ऊ मुख्यमंत्री बन सकसु. एह वीडियो चैनल में एकर कारण बतावल गइल बा कि लालू-मुलायम-ममता का चलते कांग्रेस के मुसलमान वोट बैंक लुटा गइल आ कांग्रेस के कवनो हैसियते ना रहि गइल.

राहुल के मालूम बा कि जबले एह लोगन से मुसलमानन के अलगा ना कइल जाव तबले कांग्रेस के वापसी के कवनो संभावने नइखे. आ अगर एह पत्रकार के दावा सही बा कि अगिला नंबर मुलायम के बेटा अखिलेश के बा आ राहुल उनुकरो गति करे में लागल बाड़न. ममता के ई सब पहिले से मालूम बा से ऊ राहुल के बंगाल का तरफ झाँकहू ना देस. बाकिर ई दुनू पुत्र लोग राहुल के झाँसा में आ चुकल बा एहसे एह लोग के शिकार कइल राहुल खातिर आसान होखे जा रहल बा. संगे रहि के घात करे के मौका वाला संघतिया होखे जा रहल बाड़न राहुल.

रउरा सभे ई पूरा वीडियो देख-सुन लीं सब साफ हो जाई –

 

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।