’प्रतिघात’ के शूटिंग जोर शोर से गुजरात में चालू बा

akshara-singh-pratighatअनुभव मोशन पीक्चर्स के बैनर तले बनत भोजपूरी फिलिम “प्रतिघात” के शूटिंग आजुकाल्हु गुजरात के राजपीपला शहर में जोर शोर से चलत बा. एह फिलिम से नया एक्टर नीरज यादव के भोजपूरी परदा पर उतारल जात बा. नीरज एह फिलिम में मूख्य खलनायक बनल बाड़े. एह महिला प्रधान फिलिम में कुल आठ गो गाना बा. हीरोइन बाड़ी अक्षरा सिंह जे भैरवी नाम के एगो प्रेस रिपोर्टर बनल बाड़ी. बिपिन सिंह एह फिलिम में एगो ईमानदार इंसपेक्टर का भूमिका में बाड़न.

निर्देशक आनंद डी गहतराज, गीतकार- संगीतकार एस. कुमार, छायांकनकर्ता नरेन्द्र पटेल, नृत्य निर्देशक महादेवन, फाईटमास्टर दर्शन सिंह, पटकथा-संवाद लेखक मनोज पाण्डेय आ मुख्य कलाकारन में हैदर काजमी, शुभम तिवारी, अक्षरा सिंह, नीरज यादव, मोना राय, बिपिन सिंह, नीलिमा सिंह, राकेश त्रिपाठी वगैरह बाड़े.


(संजय भूषण पटियाला आ भोजवुड न्यूज के अलग अलग रपट से)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।