Lt.Colonel imprisoned for three months

A Lt.Colonel of army has been court marshalled and sent to jail for three months. He is accused of irregular milk supply to the army during Operatiion Parakram. At that time army had enough milk stock but the Lt.Colonel bought milk powder from the market without prior apprroval of Northern Command Hqs.

आपरेशन पराक्रम का दौरान सेना के एगो लेफ्टिनेंट कर्नल कुलदीप सिंह दोसरे पराक्रम देखावे में लागल रहले. ऊ सेना के भण्डार में पर्याप्त मात्रा में दूध रहला का बावजूद बाजार से महँग दाम पर दूध के पावडर खरीद के आपूर्ति करवा दिहलन आ एकरा खातिर उत्तरी कमान मुख्यालय से पूछबो ना कइलन.

एह से जुड़ल पच्चीस गो आरोपन में से पन्द्रह गो आरोप साबित हो गइला का बाद कुलदीप सिंह के निलम्बित कर दिहल गइल बा आ उनुका के तीन महीना के जेलो के सजाय सुनावल गइल बा.

0 Comments