अंजना सिंह बनली सभकर पसंदीदा
-

भोजपुरी सिनेमा के नयकी तारिका अंजना सिंह भोजपुरी फिल्म जगत के इकलौती अभिनेत्री बाड़ी जे एके साथ चार गो बड़हन फिल्म करत बाड़ी. आ उहो तब जब उनुकर एकहू फिलिम अबही ले रिलीज़ नइखे भइल. निर्माता रजनीश गुप्ता आ निर्देशक फ़िरोज़ खान के खोज अंजना के ऊ दुनु लोग पहिला बेर महुआ टीवी के धारावाहिक भाग्य ना बांचे कोई में देखले रहल आ अंजना के अभिनय क्षमता देखके अपना फिलिम फौलाद खातिर मुख्य अभिनेत्री चुन लिहल लोग.

फौलाद में अंजना के नायक बनल बाड़न भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन. शूटिंग का दौराने अंजना के अभिनय के तारीफ़ हर ओर होखे लागल आ फौलाद के शूटिंग खतम होखते मशहूर निर्देशक राज कुमार आर. पाण्डेय अंजना के अपना फिल्म ट्रक ड्राइवर में सुपर स्टार पवन सिंह का साथ काम करे के मौका दे दिहलन. हालही में एह फिल्म के शूटिंग पटना में पूरा भइल बा. ई अंजना के अभिनय क्षमता के प्रताप बा कि ई अब फिल्म लावारिस में पवन सिंह का साथे आ कईसन पियवा के चरित्तर बा में रवि किशन का साथे नज़र अइहन. बहरहाल अंजना सिंह साबित कर दिहली के प्रतिभा पहिचान के मोहताज़ ना होले आ ओकरा के परखे वाला जौहरी भेंटाइये जाले.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts