अमिताभ बच्चन साथे गंगा देवी में गिरीश शर्मा
-

लईकाईएं से अमिताभ बच्चन के फिलिम देखत बड़ भइल गिरीश शर्मा कबो सपनो में ना सोचले रहलन कि एक दिन उनुका अमिताभ बच्चन संगे अभिनय करे के मौका मिली बाकिर भगवान मेहरबान त गदहा पहलवान. से बिहार के पटना जिला के बिहटा शहर लगे के एगो छोटहन गांव आनंदपुर में जनमल गिरीश शर्मा के ऊ मौका मिलल दर्जन से बेसी फिलिम कइला का बाद जब निर्माता दीपक सावंत आ निर्देशक अभिषेक चड्ढा के फिल्म “गंगा देवी” में उनुका के मेगा स्टार अभिनेता अमिताभ बच्चन संगे काम करे के मौका मिलल. गिरीश एह मौका खातिर निर्माता आ निर्देशक के तहे दिल से शुक्रगुजार बाड़ें.

गिरीश शर्मा अबहीं ले जवना फिलिमन में काम कइले बाड़न तवनन में सईंया बेदर्दी, माई रे कर दे बिदाई हमार, दुल्हा मिलल दिलदार, माटी, लहु पुकारे लाऽ, जब प्यार हो गईल, मल युद्ध्, लाखों में एक हमार भौजी, घर आजा परदेशी, साजन चले ससुराल, माई, तन तुलसी मन गंगा वगैरह शामिल बा. दू गो फिलिम “गंगा देवी” आ “शनी बाबा रखीह लाज हमार” जल्दिए रिलीज होखे वाला बा.


(संजय भूषण पटियाला के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts