इस्लामी आतंकी हमला का खिलाफ पसरत हिंसा : रात के कर्फ्यू
-

कुछ दिन पहिले ईसाई समुदाय के पर्व इस्टर का मौका पर इस्लामी आतंकी एगो चर्च पर हमला कर दिहलें जवना में सैकड़न लोग मराइल रहुवे. ओह हमला का बाद से श्रीलंका सरकार देश में इस्लामी आतंकियन पर कड़ा एक्शन लेत बिया बाकिर जनता में ओह समुदाय का खिलाफ अइसन नफरत पसर गइल बा कि रहि रहि के कहीं ना कहीं आपसी झड़प हो जात बा.

एह माहौल के सम्हारे का मकसद से श्रीलंका सरकार काल्हु राति सगरी देश में रात के कर्फ्यू के एलान क दिहले बिया आ जनता से निहोरा कइले बिया कि सुरक्षा बल आतंकियन से लड़े में लगल बाड़ें आ एह समय एह तरह के हिसा से ओहलोग के परेशानी अउरी बढ़ि जाई. एह चलते जनता प्रशासन से सहजोग करे आ हिंसा जनि करे.

श्रीलंका में सोशलो मीडिया पर रोक लगा दीहल गइल जेहसे कि अफवाहन के पसरे से रोकल जा सके. सोशल मीडिया पर श्रीलंका के मुस्लिम समुदाय के सामाजिक बहिष्कार करे के गोहा लगावल जा रहल बा. खास कर के मुस्लिमन के चलावल बिजनेस से कवनो वास्ता ना राखे के कहल जा रहल बा. जान जाईं कि इस्टर हमला वाला वारदात एगो बड़हन मुस्लिम बिजनेस परिवार के बेकत खुदे कइले रहलें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts