उत्तर प्रदेश के खबर, शुक 26 अगस्त का दिने
-
  • बसपा सुप्रीमो आ उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री मायावती आजु अन्ना के आन्दोलन के विरोध कइली आ कहली के लोकपाल के गठन संविधान का हिसाबे से होखे के चाहीं जवना में हर जमात के शामिल कइल जाव.
  • आजु रमजना महीना के आखिरी जुम्मा, शुक, ह आ एह दिने अलविदा के नमाज पढ़ल जाला. पूरा प्रदेश में आजु सुरक्षा के खास इन्तजाम कइल बा.
  • प्रदेश के लोक निर्माण मंत्री नसूमुद्दीन सिद्दीकी के कहना बा कि राज्य के सड़कन के खराब हालत खातिर केन्द्र सरकार जिम्मेदार बिया. कहलन कि यूपी के धन नइखे दिहल जात जबकि दोसरा राज्यन के दिहल जात बा.
  • देश के सबसे बुजुर्ग कैदी बृज बिहारी पांडेय के रिहाई के करीब दू महीना बाद उत्तर प्रदेश के महाराजगंज जिले में 108 साल का उमिर में निधन हो गइल. पांडेय हत्या के मामिला में दोषी रहले आ खराब स्वास्थ्य का चलते उनुका के विशेष जमानत पर रिहा कइल गइल रहे.
  • उत्तर प्रदेश के बलरामपुर जिले में सरकारी सहायता प्राप्त इंटर कॉलेज के एगो शिक्षक 17 साल के एगो छात्र के एतना पीटले कि ओकरा के अस्पताल में भरती करावे के पड़ल बा. शिक्षक फरार बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts