ओसामा बिन लादेन के मार डालल गइल
-

दुनिया के सबले खूंखार आतंकी ओसामा बिन लादेन के पाकिस्तान में ओकरा माँद में घुस के मार डालल गइल. घटना पिछला हफ्ता के ह बाकिर एकर पुष्टि कुछही देर पहिले अमेरिका के राष्ट्रपति का बयान का बाद भइल बा. अमेरिका के दावा बा कि ओसामा के लाशो ओकरा कब्जा में बा. अब देखे के पड़ी कि पाकिस्तान एह घटना पर का बोलत बा. अबहीं ले त कुछ बोलले नइखे बाकिर ओकरे जमीन पर लुकाइल ओसामा बिन लादेन के हत्या का बाद दुनिया का सोझा ओकर पोल खुल गइल बा. इहो देखे के होई कि पाकिस्तान के आका अमेरिका अब पाकिस्तान का साथ कइसन संबंध राखत बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts