घरेलू कलह में बड़ भाई के छूरा घोंप के मार डललसि
-

(प्रतीक फोटो)


परसा, 18 अप्रेल. पारिवारिक कलह आ बाताबाति में सारण जिला के परसा इलाका के एगो गाँव में छोटका भाई अपना बड़ भाई मिथिलेश राय के छूरा घोंप के जान ले लिहलसि. घवाहिल मिथिलेश के पीएचसी परसा ले जाइल गइल त डॉक्टर उनुका के मर गइल बता दिहलें.
घटना काल्ह मंगल सबेर के ह, जानकारी मिलला का बाज थानाध्यक्ष सुरेश कुमार यादव अन्याय गाँव चहुंपलन आ घटना के जानकारी लिहलन. केस दर्ज क के लाश पोस्टमार्टम खातिर छपरा भेज दीहल गइल.
पुलिस के कहना बा कि मृतक के पत्नी रजनी देवी अपना देवर विनोद राय के आरोपी बनवले बाड़ी.
पुलिस हत्यार भाई विनोद राय के गिरफ्तार कर लिहले बिया. विनोद के बलहा बाजार में पकड़ल गइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts