घूस लेत में प्रखंड शिक्षा पदाधिकारी गिरफतार
-

बिहार राज्य सतर्कता अन्वेषण ब्यूरो आजु भोजपुर जिला के तरारी प्रखंड शिक्षा पदाधिकारी:महेश झा के बीस हजार रुपिया के घूस लेत में रंगे हाथ गिरफ्तार कर लिहलसि. नौआ प्राथमिक विद्यालय के एगो शिक्षक ब्यूरो से लिखित ओरहन कइले रहले कि बीईओ महेश झा उनकर बकाया वेतन दिआवे खातिर 20 हजार रुपिया माँगत बाड़ें. एह मामिला के सच्चाई देखला का बाद ब्यूरो के टीम आज महेश झा के घूसे लेते घरी पकड़ लिहलसि.

गिरफतार बीईओ के पटना मुख्यालय ले गइल बिया टीम जहाँ उनुका के पूछताछ का बाद विशेष अदालत मे पेश कइल जाई. (वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts