औरंगाबाद में एगो चौकीदार के गोली मार के हत्या
-

बिहार के औरंगाबाद जिला के कुटुम्बा इलाका के चनकप गांव मे काल्हु देर रात कुछ अपराधी एगो चौकीदार के गोली मार के हत्या कर दिहलन. बतावल जात बा कि कुटुम्बा थाना के चौकिदार मानिक चंद पासवान रात में आपन ड्यूटी खतम कर के लवटत रहले. तबहिए चनकप गांव का लगे पहिले से घात लगा के बइठल अपराधी उनुका के गोली मार दिहलें. ई हत्या काहे कइल गइल अबहीं पता नइखे चलल.

बतावल जात बा कि मृतक के परिजन थाना मे गांवे के दू गो नवहियन के खिलाफ केस लिखववले बाड़े. घटना का बाद से दुनु फरार बाड़े स आ पुलिस ओकनी के गिरफ्तार करे ला छापामारी करत बिया.(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts