वाराणसी में गंगा मे नाव चलल शुरु हो गइल
-

पिछला दू महीना से बाढ़ का चलते वाराणसी मे जिला प्रशासन नाव चलावे पर रोक लगा दिहले रहुवे. आजु ओह रोक के हटा लिहल गइल आ नाव चलल फेरू शुरू हो गइल बा. नाव चलवावे के माँग ले के पिछला तीन दिन से नाविक अनशन पर रहलें. आजु अपर नगर आयुक्त निषादराज सेवा समिति के अध्यक्ष विनोद कुमार निषाद आ प्रमोद माझी के राजेन्द्र प्रसाद घाट पर गंगा जल पीया के ओहलोग के अनशन तूड़वा दिहले.

हालांकि बाढ मे आइल माटी लगला से वाराणसी के ऐतिहासिक गंगा घाटन के पुरनका रौनक अबहीं गायब बा.(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts