जनगणना के दुसरका दौर काल्हु से शुरु होखे जा रहल बा
-

देश में जनगणना के दुसरका चरण काल्हु ११ तारीख से शुरु होखे जा रहल बा जवना में हर आदमी के गिनिती कइल जाई चाहे ऊ कसाब जइसन पाकिस्तानी हत्यारा होखे भा बांगलादेश से आइल लाख करोड़ घुसपैठिया. दावा त इहो बा कि देश के दूर दराज दुर्गम इलाका तक के लोग के गिनती कर लिहल जाई. पहिला दौर शूरु हो के खतमो हो गइल बाकिर कवनो जनगणना कर्मी के दर्शन नइखे भइल. अबकियो जान बानी कि कवनो जनगणना कर्मी के दर्शन नइखे होखे वाला. कारण कई गो बा. कुछ कर्मचारियन के लापरवाही, कुछ समाज में फइलल गलतफहमी. केहू सही कइलो चाही त कुछ लोग होखे ना दी. पचास साल से उपर हो गइल आ एह बीचे कम से कम चार बेर त जनगणना होइये चुकल बा. बस एक बेर हास्टल में जनगणना वाले चहुँपल रहले. अबकी देखल जाव का हो रहल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts