'जान तू जहान तू' के संगीतमय् मुहुर्त
-

खुशी फिल्म फैक्ट्री के फिलिम “जान तू जहान तू” संगीतमय् मुहुर्त पिछला दिने मुंबई के अंधेरी में ए.बी. स्टूडियों में कइल गइल. निर्माता सुरेन्द्र कुमार के ई पहिला फिलिम ह. एह फिलिम से यश कुमार के भोजपुरी सिनेमा में उतारल जात बा. एकर शूटिंग जनवरी से बिहार के बिहारशरीफ, पटना, नालन्दा आ मनेर शरीफ में कइल जाई. एह फिलिम के आठ गो गाना बा जवना के उदित नारायण, इन्दू सोनाली, पायल मुखर्जी, आबीद जमाल, ओसामा बान, आ कल्याण सिंह के आवाज में रिकार्ड कइल गइल बा. मुहूर्त के शुभ अवसर पर बहुते गणमान्य लोग उपस्थित रहल जवना में बृजेश त्रिपाठी, विपिन सिंह, यशवंत कुमार, बबलू सोनी, एस कुमार, दामोदर राव, संजय भूषण पटियाला, सुजित तिवारी, अर्चना सिंह, आदिल वगैरह लोग खास रहलें.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts