जौनपुर से कांग्रेसी विधायक रहल नेता रेलगाडी से कटइले
-

जौनपुर 31 अक्टूबर (वार्ता) जौनपुर जिला के रारी विधानसभा क्षेत्र से कांग्रेसी विधायक रहल तेज बहादुर सिंह के ट्रेन से कटइला का चलते मौत भइल. लाइन बाजार इलाका के शिवापार गांव के तेज बहादुर सिंह साल 1980 मे विधायक चुनाइल रहले.

रोज का तरह आजुओ उ अपना तीन गो साथियन संग टहले गइल रहले जब जफराबाद लखनऊ रेलखण्ड पर रेल फाटक पार करत समय ऊ वरुणा एक्सप्रेस से कटा गइले . उनकर मौत ओहिजे हो गइल.

विधायक रहल तेज बहादुर सिंह के मौत पर अरुणांचल प्रदेश के राज्यपाल रहल माता प्रसाद, प्रदेश कांग्रेस कमेटी के अध्यक्ष रहल अरुण कुमार सिंह मुन्ना, कांग्रेस प्रवक्ता आ जौनपुर नगर के विधायक नदीम जावेद, प्रदेश कांग्रेस के मीडिया कोआर्डिनेटर सिंराज मेहदी, महाराष्ट्र के गृह राज्यमंत्री रहल कृपा शंकर सिंह, सांसद रहल कमला प्रसाद सिंह समेत अनेके लोग शोक जतावल.

जिला कांग्रेस कमेटी मे एगो शोक सभा क के दिवंगत पूर्व विधायक के श्रद्धाजंलि दीहल गइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts