दयाल निहलानी के पहिलकी भोजपुरी फिल्म "छपरा के प्रेम कहानी"
-

अन्धायुद्ध, गेम्बलर, करम योद्धा जइसन हिंदी फिलिमन के निर्माता आ श्याम बेनेगल के सहयोगी दयाल निहलानी भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्रीज़ में डेग राख दिहले बाड़ें. दयाल निहलानी के पहिला फिल्म “छपरा के प्रेम कहानी” जल्दिए रिलीज ला तइयार हो जाई. अबहीं एकर शूटिंग पूरा कर के पोस्ट प्रोडक्शन के काम चलत बा.

“छपरा की प्रेम कहानी” में रवि किशन आ दक्षिण भारतीय अभिनेत्री मधु शर्मा के मुख्य जोड़ी बा, आ बीच में टाँग फंसावे वाला खलनायक बनल बाड़ें भोजपुरी में नया बाकिर दमदार खलनायक राजन मोदी. बाकी कलाकारन में बृजेश त्रिपाठी, राजेश जयसवाल, मेहनाज़, सीमा सिंह, सुरेश शर्मा आ नवोदित अपूर्व रतन बाड़ें,

निर्माता राजेश जयसवाल, सह निर्माता तनूजा मोदी, लेखक एस.के.चौहान, आ संगीत निर्देशक ओंकार हउवें.

रवि किशन के कहना बा कि दयाल निहलानी जइसन निर्देशकोन के सिनेमा भोजपुरी से जुड़ला पर एकरा स्तर में सुधार होखी.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts