दशरथ माँझी पर वृत चित्र बनवले मोतिहारी के कुंदन
-

मोतिहारी ढाका के पचपकड़ी के रहे वाला कुमुद रंजन कुंदन पहाड़ काट के रास्ता निकाले वाला दशरथ माँझी का जीवनी पर एगो वृतचित्र “ए मैन हू मूव्स द माउन्टेन” बनवले बाड़न जवना के सभे प्रशंसा कर रहल बा. जनसंचार से स्नातक कइले कुमुद एह फिल्म पर तीन महीना मेहनत कइलें. वृत चित्र में छेनी हथौड़ी से पहाड़ काटत दशरथ माँझी के चित्र, इंटरव्यू आ दोसरो लोग से उनका पर भइल बातचीत देखावल गइल बा. गया जिला के वजीरगंज ब्लाक के गहलौर घाटी के दशरथ माँझी अकेले एगो पहाड़ के काट के आम आदमी खातिर रास्ता निकाले खातिर २२ साल लगा दिहलें. दुनिया में अपना तरह के ई अनूठा कहानी बा. एह वृतचित्र के केन्द्रीय फिल्म प्रसारण बोर्ड खरीद लिहले बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts