देश के विरोधी गोल कांग्रेस का साथे मिल के नंगई पर उतरलें
-


नयी दिल्ली, 20 अप्रैल. कांग्रेस समेत देश के सात गो विरोधी गोल के सदस्य आजु राज्यसभा के सभापति एम. वेंकैया नायडु के सुप्रीम कोर्ट के मुख्य न्यायाधीश दीपक कुमार मिश्रा का खिलाफ महाभियोग प्रस्ताव के नोटिस दिहलें.
नोटिस सउँपला का बाद राज्यसभा में विरोधी गोल के नेता गुलाम नबी आजाद आ कांग्रेस के बड़का वकील नेता कपिल सिब्बल संवाददाता सम्मेलन में बतवलें कि कुछ मामिलन में मुख्य न्यायाधीश मर्यादा भंग कइले बाड़न. एह लोग के कहना रहल कि महाभियोग प्रस्ताव पर कांग्रेस समेत सात गो गोल के कुल मिला के 71 गो सांसद आपन डसतखत कइले बाड़न जवना में 7 गो रिटायर हो चुकल लोगो शामिल बा.
मुख्य न्यायाधीश का खिलाफ महाभियोग प्रस्ताव के नोटिस ला कम से कम 50 गो सांसदन के समर्थन के जरुरत होला.
सुने में आवत बा कि एह गोलन के असली शिकायत ई बा कि मुख्यन्यायाधीश के अपना इशारा पर नचावल नइखे जा सकत. कुछ दिन पहिले अदालत के असल में मर्यादा भंग करे वाला चार जने का साथे बावे ई लोग काहें कि ऊ लोग कांग्रेसी खेल खेले के तइयार बा.
देसर बड़हन साजिश ई बा कि केहू तरह राम मन्दिर पर अदालत के फैसला मत आवे दीहल जाव. एक बेर ई महाभियोग प्रस्ताव सकरा गइल त मुख्य न्यायाधीश आगे कवनो मामिला के सुनवाई ना कर पइहें आ उनुका बाद जे सीनियर बा उनुका पर एह गोलन के पूरा भरोसा बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts