धारावाहिक ‘अपनापन’ के मुर्हूत भइल शूटिंग शुरू
-

श्री चारभुजा प्रोडक्शन के बैनर तले बनत भोजपुरी धारावाहिक ‘अपनापन’ के मुहुर्त पिछला दिने मुंबई में करावल गइल. मुर्हूत का मौका पर निर्माता जुगल के. माहेश्वरी बतवलन कि ई उनुकर पहिलका भोजपुरी धारावाहिक ह जवना के “भोजपुरिया टीवी” खातिर बनावल जात बा. मुहुर्त भोजपुरिया टीवी के अधिकारी सिद्धू दुबे नारियल फोड़ के कइले.

एह धारावाहिक के शुटिंग 1 अगस्त से मुंबई के वसई रोड का विल्ला क्यू फार्म हाउस में शुरू हो गइल बा. ‘अपनापन’ एगो आदर्श गाँव के मुखिया के कहानी ह जे गाँव के आपन बाल बच्चा का तरह पोसके बढ़वले बाड़े. धारावाहिक में तीन गो बेटियन के कहानी बा.

निर्माता जुगल के माहेश्वरी, निर्देशक रंजीत कुमार सिंह, कड़ी निर्देशक सुशील वर्मा, लेखक रविन्द्र सूदन आ रामजीत, गीत अशोक सिन्हा, संगीत दामोदर राव, गायिका पामेला जैन आ प्रियंका सिंह, सह निर्माता हर्षा कौर हउवे. मुख्य कलाकारन में मनोज वर्मा, श्रुति भट्टाचार्य, जय सिंह, अलताफ शेख, अरूण सिंह, आरती द्विवेदी, नितेश राज, मनीष मिश्रा, प्रियंका सिंह, वगैरह के नाम बा.


(स्रोत संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts