धूम-धाम से भइल ‘जमीन’ फिलिम के मुहूर्त
-

Jameen-muhurt-teamस्वर्णिम फिल्म्स के बैनर तर बने जात फिलिम ‘जमीन’ के मुहूर्त पिछला दिने धूम धाम से मुंबई के ऑडियो लेब में जानल मानल गायक उदित नारायण के हाथ से करावल गइल.

मुहूर्त के मौका पर एकर निर्देशक के.सुजीत बतवलन कि जमीन माफिया पर बनल फिलिम में देखावल गइल बा कि के तरह ई माफिया गरीब किसानन के जमीन हथिया के ओह पर शॉपिंग मॉल, इंजीनियर कॉलेज वगैरह बना लेले जवना के फायदा सिर्फ मलिकाने लोग के मिलेला आ जमीनो गँवा चुकल गरीबन का किस्मत में बस मुसीबते रह जाला.

फिलिम के निर्मात्री सुनीता कुमारी बतवली कि सोशल मैसेज दिहला का साथही ई फिलिम मसालेदारो रही जवना के दर्शक मजा ले ले के देखीहें. आठ गो गाना वाली एह फिलिम में सीमा सिंह के जोरदार आयटमो बा.

मुख्य कलाकारन में सुदीप पाण्डेय, दीपक भाटिया, नील सिंह, मुन्ना सिंह वगैरह बाड़े. शूटिंग जल्दिए शुरू कइल जाई.

गीतकार वेद पाठक, संगीतकार लवली शर्मा, कैमरामैन अरविन्द सिंह, आ कोरिओग्राफर रीतु राज हउवन.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts