'नागिन' ला गीत गवली ममता राउत
-

पिछला दिने चर्चित पार्श्व गायिका ममता राउत भोजपुरी फिल्म ‘नागिन’ ला एगो गीत रिकार्ड करवली. गाना के बोल रहुवे ‘लेके हीरो होण्डा, पीछे पड़ल रहल गुण्डा…’. प्यारेलाल यादव ‘कवि’ के लिखल गीट के संगीत रहल राजेश-रजनीश के. फिल्म के निर्देशक हउवें राजकुमार आर.पाण्डेय.

ममता राउत अबहीं ले लगभग 30 गो फिलिमन के पार्श्व गायन कर चुकल बाड़ी. फ़िलहाल ऊ दूरदर्शन के रियलिटी शो ‘भारत की शान’ में गायन प्रतिस्पर्धा में शामिल बाड़ी जहाँ हर केहु उनुका गायन शैली के कायल हो गइल बा. ऊ लगातार छह हफ्ता से ‘बेस्ट परफार्मर ऑफ़ द डे’ बनल बाड़ी. एह शो के जज बाड़ें इसमाईल दरबार आ उषा उत्थप आ एंकरिंग करत बाड़ें मनोज तिवारी.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts