निरहुआ इंटरटेनमेंट के औलाद
-

भोजपुरी सिनेमा के बदनाम कइल जाला दुअर्थी डायलाग आ फूहड़पन खातिर. अलग बाति बा कि ओहसे बेसी फूहड़पन हिन्दी सिनेमा में देखे के मिल जाई. अब भोजपुरी सिनेमा का बारे में फइलावल झूठ के तूड़े खातिर आ समाज के संभ्रांत वर्ग तक भोजपुरी सिनेमा के चहुँपावे खातिर निरहुआ इंटरटेनमेंट एगो संपूर्ण पारिवारिक फिल्म “औलाद” ले के आ रहल बा. भोजपुरी सिनेमा के पचासवाँ साल में दर्शकन खातिर ई एगो तोहफा से कम नइखे जवना में दर्शक आम घर परिवार के कहानी देख पइहे. हर वर्ग के दर्शकन खातिर एह फिल्म में भरपूर मनोरंजन मिले वाला बा. मधुर गीत संगीत, शानदार एक्शन दमदार कहानी, आ बेहतरीन अदाकारी के संगम बावे एह फिल्म में जवना के निर्देशन असलम शेख कइले बाड़े.

“औलाद” के कलाकारन में दिनेश लाल यादव निरहुआ, प्रवेश लाल यादव. पाखी हेगडे, शुभी शर्मा, अवधेश मिश्रा, मनोज टाईगर, गोपाल राय, संजय पाण्डेय, एयाज खान, संतोष श्रीवास्तव, अनिल यादव, तेज सिंह, हीरा यादव, ए के राज, पूनम पाण्डेय, आ किरण यादव के नाम शामिल बा. कहानी के के सिंह के लिखल, गीत प्यारेलाल यादव कवि जी आ श्याम देहाती के, संगीत राजेश रजनीश के, छायांकन अकरम खान के आ संपादन जितेन्द्र सिंह जीतू के बा.

फिल्म के शूटिंग आजमगढ़ के मनोरम लोकेशन पर भइल बा आ अब पोस्ट प्रोडक्शन के काम चल रहल बा.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts