नेपाल में ‘मंगल फेरा’ करत बाड़न विनय आनन्द
-

सिनेमा भोजपुरी के महाअभिनेता विनय आनंद आजु काल्हु अपना फिलिम ‘मंगल फेरा’ के शूटिंग खातिर नेपाल में डेरा डलले बाड़न. एह फिल्म के निर्माण करत बाड़ी गायत्री राठौड़ आ निर्देशक हउवें श्रीधर शेट्टी.

अपना एगो दोसर फिलिम ‘लक्ष्मण रेखा’ के शूटिंग पूरा होखते विनय आनन्द ‘मंगल फेरा’ के शूटिंग खातिर सीधे नेपाल चल गइलें. भोजपुरी के एह हॉरर फिल्म खातिर स्पेशल इफेक्ट के अलावा एगो अउरी नया तकनीक भोजपुरी में पहिला बेर इस्तेमाल होखत बा. कहानी दर्शन राठौड़ के लिखल, पटकथा पियुष शाह आ श्रीधर शेट्टी के, संवाद मोहम्मद रफी खान के लिखल, संगीत राकेश त्रिवेदी के रचल, आ कैमरे में क़ैद करे के काम श्रीनिवास करत बाड़े.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts