पवन सिंह आ संजय पांडे के ‘बजरंग’ मुंबई चहुँपल
-

बिहार में सफलता के जश्न मनावत पवन सिंह अभिनीत फिल्म ‘बजरंग’ अब मुंबईओ में हंगामा मचावे आ गइल बिया. एह फिल्म में पवन सिंह के एक से बढ़के एक हैरत अंगेज रूप देखे के मिलत बा दर्शकन के.

गुरुजी फिल्म्स इंटरनेशनल का बैनर में बनल एह फिल्म के निर्माता जे.पी. सिंह, निर्देशक नंद किशोर महतो आ मुख्य कलाकार पवन सिंह, अक्षरा सिंह आ संजय पांडे हउवें. गीत जहांगीर आरजू, मुन्ना दूबे अउर विनोद पासवान के लिखल, संगीत ओम झा के रचल, एक्शन निर्देशन जग्गू सेठ के, नृत्य निर्देशन कानू मुखर्जी के आ कहानी संतोष मिश्रा लिखल,

एह फिल्म में खलनायक संजय पांडे के रौद्र रूप देखे वालन के साँस रोक देत बा त सीमा सिंह के डांस मदमस्त कर देत बा. जय सिंह, उमेश सिंह अउर देव सिंह के अलावा एह फिल्म में मास्टर वरुण सिंह अपना अपना अभिनय के लाजवाब जलवा देखवले बाड़ें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts