पुलिस मुठभेड़ में बीरचन्दर राय के मार गिरावल गइल
-

छपरा आ वैशाली के कुख्यात अपराधी बीरचन्दर राय के काल्हु बियफे के महुआ थाना के सुमेरगंज गाँव में एगो पुलिस मुठभेड़ में मार गिरावल गइल. पुलिस का मुताबिक ओकरा पर वैशाली में लूट आ हत्या के एगारह गो केस दर्ज बा आ ऊ बगल के छपरो जिला में अपराध करत रहल ह. छपरा पुलिस से अउरी जानकारी जुटावल जा रहल बा. कुछ साल पहिले बीरचन्दर राय हाजीपुर जेल में बन्द रहे जहाँ से ऊ एगो सिपाही के छूरा मार के भाग निकलल रहे बाद में ओकरा के फेर पकड़ लिहल गइल रहे आ चार महीना पहिले ऊ जेल से छूटल रहल. पुलिस तबे से ओकरा पर नजर रखले रहुवे आ काल्हु जब पता लागल कि ऊ सुमेरपुर चहुँपल बा त पुलिस ओकरा के पकड़े खातिर घेर लिहलसि. बाद में मुठभेड़ में ऊ मरा गइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts