बलात्कारियन पर मुलायम मुलायम सिंह यादव
-

सपा नेता मुलायम सिंह यादव आजु मुरादाबाद के एगो मुस्लिम बहुत इलाका में प्रचार करत कहलन कि बलात्कारी लड़िकन के फाँसी के सजा ना देबे के चाहीं. कहलन कि लड़िकन से अइसनका गलती कबो कभार हो जाला आ एह ला ओह लइकन के फाँसी ना होखे के चाहीं. कहलन कि अगर सपा के सरकार बनल त एह अपराध ला फाँसी देबे के कानून बदल दीहें.

असल में पिछला दिने मुबई के शक्ति मिल परिसर में एगो लड़िकी सगे बलात्कार करे वाला दू गो मुजरिमन के कोर्ट फाँसी के सजा सुनवले बिया काहे कि ऊ सबएह तरह के अपराध कई बेर कर चुकल रहले. चूंकि तीनो अपराधी एगो खास समाज के हउवें से मुलायम के मुलायम होखहीं के रहे.

मुलायम सिंह हमेशा से नवहियन के बिगाड़ेवालन में शामिल रहल बाड़न. कल्याण सिंह का समय में इम्तिहान में चोरी का खिलाफ बनल कानून के हटावे वाला मुलायमे रहलन जवना चलते आजु ले यूपी में नकल माफिया हावी रहेले आ यूपी के विद्यार्थियन के दोसरा राज्य में मान ना मिले.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts