बिहार के खबर
-

(शुक 9 सितम्बर)

  • नालंदा में कथित दबंगन द्वारा एगो दलित महिला पर जुल्म ढावे के मामिला पर राजद आजु कारगिल चौक पर धरना दिहलसि आ नैतिकता के नाम पर नीतीश से इस्तीफा मँगलसि.
  • लखीसराय जिला के सूर्यगढ़ा थाना इलाका में प्राथमिक स्वास्थ्य उपकेंद्र के एगो चिकित्सक के शुक का दिने कुछ लोग गोली मार दिहल जवना से ऊ घवाहिल हो गइले. डा॰ बी के मिश्रा के कपार में गोली लागल बा आ उनुका के अस्पताल में भरती करावल गइल बा. गोली मारे के कारण अबही ले पता नइखे चलल.
  • बक्सर जिला में रंगदारी अउर हत्या के छह से बेसी मामिला के आरोपी चंदन मिश्रा आ शेरू सिंह के पुलिस कोलकाता के धर्मतल्ला इलाका से गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • बिहार में अब हर किसान के डीजल अनुदान दीही सरकार. नयका सिस्टम में डीजल खरीद के पटवन कइला से पहिले कवनो अनुमति लेबे के जरूरत नइखे. ग्रामो सभा गइला के जरूरत नइखे पड़े के. बस अपना बगल का किसान से प्रमाणित करा के आवेदन जमा करा दिहला के काम बा. भुगतान सरकारी अधिकारी दीहें जबकि एह पर नजर राखे के काम जन प्रतिनिधियन के दिहल बा.
  • बीपीएल कार्डधारियन के खाता अब गाँव के पोस्ट आफिस में खोलवावल जाई आ ओह लोग के मिले वाला सगरी अनुदान सीधे ओह खाता में भेजल जाई. एह खातिर सगरी डाकघर के निर्देश भेज दिहल गइल बा.
  • महिला साक्षरता दर में सबले बेसी बढ़ोतरी खातिर काल्हु बिहार के सम्मानित कइल गइल. राष्ट्रपति प्रतिभा देवीसिंह पाटिल काल्हु एगो समारोह में ई सम्मान दिहली.
  • इंदिरा आवास में गड़बड़ी करे वाला लोग के स्पीडी ट्रायल करावल जाई आ डीएसपी एकर निगरानी करीहें. अबही ले चार सौ इकहत्तर लोग का खिलाफ मुकदमा दर्ज करावल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts