बिहार के लल्ला मनोज तिवारी परशुराम बनीहें
-

‘गैंग्स ऑफ वासेपुर’ के चर्चित गाने ‘जियऽ ए बिहार के लल्ला…’ से दुनिया भर के हिंदी सिनेमा दर्शकन के दिल पर छा गइल लोकप्रिय गायक आ सिनेमा भोजपुरी के महाअभिनेता मनोज तिवारी अब परमवीर परशुराम के भूमिका करीहें जवन उनुका कैरियर के एगो नया ऊंचाई दी. सदी के महानतम फिलिमन में गिनाए जाए वाली एह फिल्म के निर्देशन अनेके भोजपुरी, मराठी, गुजराती अउर बंगला फिलिम निर्देशित कर चुकल एस॰ कुमार करीहें. एस॰ कुमार नेपाल के राष्ट्रपति रामबरन यादव के बेटा सुधीर यादव के फिलिमो निर्देशित करत बाड़ें,

फिल्म ‘परमवीर परशुराम’ में मनोज तिवारी के अलावा अनिल यादव, अली खान के खास भूमिका बा. मनोज तिवारी के कहना बा कि एह इमोशनल फिल्म से दर्शकन के भरपूर मनोरंजन होखी. एस. कुमार के उमेद बा कि लोग दिलीप कुमार अभिनीत ‘गंगा-जमुना’ के याद करे लागी.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

2 Comments

  1. shivam kumar

    best of luck manoj bhaiya………………………………………………….thanks

    Reply
  2. PrinceRituraj

    sacho maja aajai, manoj tiwari ji ke parnam ba

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts