भारतीय हाकी टीम विश्वकप 2014 ला क्वालिफाई कइलसि
-

नयी दिल्ली 04 नवंबर (वार्ता) भारतीय पुरूष हाकी टीम स्विट्जरलैंड के हेग मे अगिला साल होखे वाला राबोबैंक हाकी विश्वकप 2014 ला क्वालिफाई कर लिहलसि.

एह बात के पुष्टि अंतरराष्ट्रीय हाकी संघ आपन आधिकारिक विज्ञप्ति जारी क के क दिहले बावे. राबोबैक हाकी विश्वकप 31 मई से 15 जून ले हेग मे होखी. भारतीय पुरूष हाकी टीम रोटरडम मे छठवाँ स्थान पर रहल आ एकरा साथे विश्वकप 2014 खातिर क्वालिफाई कर लिहलसि.

अबही ले कुल 22 गो टीम क्वालिफाई क लिहले बाड़ी सँ आ अब बस दू गो जगहा खाली बाचल बा.

एह दु जगहा पर क्वालिफाई करे वाली टीम के फैसला केन्या मे 18 से 24 नवंबर ले होखे वाला अफ्रीका कप आफ नेशंस टूर्नामेट से होखी.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts