भाषा विवाद का बावजूद सिविल सर्विसेज परीक्षा के प्रीलिम पर असर ना पड़ी
-

केन्द्र सरकार लोक सेवा आयोग के ओह आदेश पर रोक लगा दिहलसि जवना में अंगरेजी के सौ नंबर के कुल अंक में जोड़े आ ओही आधार पर मेरिट तय करे के कहल गइल रहुवे. बाकिर केन्द्र सरकार के आदेश से प्रीलिम पर कवनो असर नइखे पड़े वाला. बतावल जरूरी बा कि प्रीलिम परीक्षा २६ मई से होखे वाला बा. बाकिर सामन्य अध्ययन पर दिहल जोर बनल रही. रोकबस मेन परीक्षा के अंगरेजी से जुड़ल फैसला पर बा. आयोग के बाकी फैसलन पर एह रोक के कवनो असर नइखे पड़े वाला. जइसे कि वैकल्पिक विषय में केहू ऊ विषय ना ले पाई जवना के पढ़ाई ऊ इंटर लेवल पर ना कइले रही. दोसरे मेन परीक्षा ओही भाषा में दिहल जा सकी जवना में कम से कम पचीस गो परीक्षार्थी रहीहें. एहसे कम रहला पर ओह भाषा में परीक्षा ना दिहल जा सकी.

आयोग के फैसला पर कांग्रेस छोड़ करीब हर दल नाराज रहल बाकिर आयोग के गैर भाषाई बदलाव से केहू विरोध नइखे जतवले.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts