भोजपुरी में मिंक सिंह के डाँस के जलवा.
-

सिनेमा भोजपुरी में त अपने अनेके अदाकारा लोग के अपना अदा से दर्शकन के दिल जीतत देखले होखब बाकिर अबकी एगो नया चेहरा लउकी मिंक सिंह के जे अपना लटका-झटका अउर मदमस्त अदा से दर्शकन के घायल करीहें. वेद ऑडियो वीडियो फिल्म्स प्रोडक्शन के भोजपुरी फिल्म “विध्वंस” के एगो आइटम सॉन्ग में मिंक सिंह के जलवा देखे के मिली.

निठारी हत्याकांड पर बनल बतावल जात एह फिल्म के निर्माता हउवें श्रवण कुमार आर्य आ निर्देशक अशोक गोस्वामी. कलाकारन में मनोज पाण्डेय, प्रिया शर्मा, कुणाल सिंह, साधना सिंह, मिंक सिंह के अलावे बिंदु दारा सिंहो पहिला बेर भोजपुरी परदा पर दर्शकन से रु-ब-रु होखीहें.


(स्पेस क्रिएटिव मीडिया के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts