भोजपुरी सिनेमा के स्वर्ण जयन्ती साल में निरहुआ के तोहफा
-

भोजपुरी सिनेमा के पचास साल पूरा हो चुकल बा आ एह गोल्डन जुबिली का मौका पर निरहुआ का तरफ से भोजपुरिया दर्शकन खातिर तोहफा बन के आ रहल बा निरहुआ इंटरटेनमेंट के औलाद. पूरा परिवार एक साथे बइठ के देख सको अइसन फिल्म भोजपुरी में आजुकाल्ह बनते नइखी स. अइसनका माहौल में एगो पूरा तरह से पारिवारिक फिल्म बावे औलाद जवना के देख के भोजपुरियन के अपना भोजपुरियत पर गर्व होई.
औलाद के निर्देशन असलम शेख कइले बाड़न. एह फिल्म में बेटा आ बेटी का बीच के भेदभाव आ कन्या भ्रूण हत्या जइसन मसला उठावल गइल बा. दू भाईयन के आपसी प्यार, महतारी बेटा के प्यार देख के दर्शक भावुक हो जइहे. साथ ही फिलिम में पारंपरिक रूप से गाँवन में गाए जाए वाला कुल दस गो गीत शामिल बाड़ी सँ जवना में सोहर डोमकच पूरबी समेत हर रस के गीत बा.
के के सिंह के लिखल संवाद दर्शकन के ताजा हवा के झोंका माफिक बुझाई. गीत विनय बिहारी, प्यारेलाल कवि, आ श्याम देहाती के लिखल बाड़ी स. संगीत दिहले बाड़े राजेश रजनीश. फिल्म के कलाकारन में दिनेशलाल यादव निरहुआ, प्रवेश लाल यादव, पाखी हेगडे, शुभी शर्मा, मनोज टाइगर, अवधेश मिश्रा, अनिल यादव, संजय पांडेय, ए के राय, किरण यादव वगैरह के नाम बा.
फिल्म पूरा देश में आठ जुलाई के रिलीज होखे जा रहल बा.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

1 Comment

  1. DINESH CHANDRA GUPTA

    ”भोजपुरी सिनेमा के स्वर्ण जयन्ती साल में निरहुआ के तोहफा”
    BAHUT-BAHUT DHANYBAD

    DINESH CHANDRA GUPTA
    A/P- VIDYA BHAWAN NARAIANPUR
    DIST- BALLIA UP-277213
    9830905865

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts