भोजपुरी सिनेमा में नया खलनायक सुदेश कौल
-

सिनेमा भोजपुरी का परदा पर जलवा बिखेरत नयका खलनायक बाड़न सुदेश कौल. अभय सिन्हा के फिल्म ‘हम बाहुबली’ से लोकप्रिय भइल सुदेश कौल अब ले भोजपुरी में ‘धरमवीर’, ‘धर्मात्मा’, ‘खटाईलाल मिठाईलाल’, ‘सात सहेलियाँ’, ‘परिवार’, ‘आज के करन-अर्जुन’, ‘जंग’, ‘बिदेसिया’ का अलावे अनेके हिन्दी आ बांग्ला फिलिमन में आपन अभिनय कौशल देखा चुकल बाड़न.

सुदेश कौल एह घरी हिन्दी फिलिम ‘बीहड़’ आ ‘ले गया सद्दाम’ में व्यस्त बाड़ें, भोजपुरी फिलिमन में सुदेश कौल पवन सिंह अभिनीत ‘लावारिस’ में खलनायकी करत लउकीहें. सुदेश बांग्ला फिलिमन में मिथुन चक्रवर्ती, प्रसन्नजीत, रितुपूर्णा सेनगुप्ता जइसन दिग्गजन संगे काम कइले बाड़न आ बांग्ला, भोजपुरी अउर हिन्दी सिनेमन में आपन मुक्कमल जगह बनावल चाहत बाड़न.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts