मनोज तिवारी के फिल्म गोबर सिंह तइयार हो गइल
-

मूवी एण्ड मोर आ परमहंस क्रियेशन के बैनर तले बनल निर्देशक बॉबी सिंह के अबले के सबले बड़हन फिलिम ‘गोबर सिंह’ बन के तइयार हो गइल बा. बतावल जात बा कि वइसे त ई फिलिम ढेर दिन से पड़ल रहुवे बाकि ढेरे परेशानी झेलत आखिरकार निर्देशक बॉंबी सिंह एह फिलिम के पूरा करिए लिहलन. अब एकरा के जल्दिए रिलीजो कइल जाई.

एह फिलिम में पहिला हाली राजनेता आ महाराष्ट्र के गृह मंत्री रहल कृपा शंकर सिंह अभिनय कइले बाड़न. एह में देखावल गइल बा कि लालच बहुते खराब होला आ दोसरा ला बिछावल जाल मे एक दिन जाल बिछावही वाला अपने फँस जाला. एह फिलिम में मनोज तिवारी के किरदार के नाम पर फिलिम के नाम धराइल बा “गोबर सिंह”. कवनो काम शुरू करे से पहिले गोबर से लीपल जगहा पर पूजा पाठ कइल जाला. फिलिम में मनोजो तिवारी अइसने आदमी बाड़न जिनका बिना गांव में कवनो काम ना हो पावे.

एह फिलिम के निर्माता मनोहर पी. कानूंगो, राजेश सिंह, लेखक निर्देशक टी. बॉबी सिंह, पटकथा-संवाद लेखक राकेश त्रिपाठी, गीतकार राजेश मिश्रा, आ श्याम देहाती, संगीतकार लाल सिंहा, छायांकन करे वाला अनिल दांडा, फाईटमास्टर छोटू मास्टर, एडीटर नकूल के. प्रसाद हउवें.

मुख्य कलाकारन में मनोज तिवारी, रिंकू घोष, पारूल यादव, जयश्री टी, नवल किशोर सिंह, सोनिया अरोरा, तसलीम शेख, विकास सिंह, मोना राय, राकेश त्रिपाठी, प्रभूनाथ सिंह, संतोष श्रीवास्तव आ कृपा शंकर सिंह के नाम बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts