माता सोनिया के चरण में गिरला का बाद अब रामदेव हल्ला बोल करे के धमकी दिहलन
-

दिल्ली में पिछला दू दिन से आन्दोलन करत बाबा रामदेव शुरू में त बहुते मुलायम रुख अपनवलन आ अपना भाषण में सोनिया गाँधी के माता सोनिया कह के संबोधित कइलन. अब बाबा रामदेव के कहना बा कि अगर सरकार उनुका माँग पर धेयान नइखे देत त ऊ तीन दिन के उपवास का बाद फेर तीन दिन के उपवास पर चल जइहें. आ अगर चौदह अगस्त ले सरकार ना मानल त ऊ हल्ला बोल करे के गोहार लगइहें.

हालांकि एह हल्ला बोल के स्वरूप का होई एह बारे में अबहीं रामदेव कवनो संकेत नइखन दिहले.

चरचा बा कि अपना सहयोगी बालकृष्ण के बचावे खातिर रामदेव कांग्रेस पर हमलावर नइखन होखत आ बहुते मेहुर मेहुर तरीका से आपन बात कहत बाड़न. अन्ना टीम के राजनीति में चल गइला से बाबा रामदेव के सामाजिक आंदोलन के मैदान खाली भेंटा गइल बा आ ऊ अब एकर भरपूर फायदा उठावल चाहत बाड़न.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts