मिर्जापुर में लाठी-डण्डे से पीटके एगो औरत के हत्या
-


मिर्जापुर 21 जून (वार्ता). उत्तर प्रदेश में मिर्जापुर के पडरी क्षेत्र में लाठी-डण्डे से पीट पीटके एगो औरत को जान ले लीहल गइल.
पुलिस सूत्र बतवलें कि मुल्हवा गांव में राम प्रसाद के मकान का पिछवारा केहू एगो कुकुर के लाश फेंक गइल रहुवे. एही के लेके रामप्रसाद के मेहरारू मुनरा (60 बरीस) बुध के रतिया गालीगलौज करे लगली. एह से नाराज गाँवे के दू जने ओकरा के लाठी से पीट पीट के घवाहिल कर दिहलें.
घवाहिल मुनरा के अस्पताल में भरती करावल गइल जहाँ ओकर मौत हो गइल.
पुलिस घरवालन के तहरीर पर दू जने का खालाफ नामजद केस लिऱ के ओहनी के खोजत बिया.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts