यूपी पंचायत चुनाव के आखिरीओ दौर निपट गइल
-

यूपी के क्षेत्र आ जिला पंचायत सदस्यन खातिर होखत चुनाव के चउथका आ आखिरी दौर आजु सकुशल निपट गइल. वोटिंग खाति सभत्तर चइकस पुलिस प्रबन्ध रहुवे आ जहाँ तनाव बेसी रहल ओहिजा अर्ध सैनिक बल लगावल गइल रहुवे. काल्हु रात से शुरु बूनी का बीच खुशगवार हो गइल मौसम में लोग वोट डालल. गाजीपुर में एक जगहा भइल मारपीट में एक आदमी के मौत हो गइल. एकरा अलावे कुछ अउरिओ जगहा हिंसा होखे के खबर आइल बा.
चारो दौर के वोट अब एके साथ पहली नवम्बर के गिनाए वाला बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts