रियो लिहलन नागालैंड के मुख्यमंत्री पद के किरिया
-

कोलकाता 08 मार्च (वार्ता). नागालैंड में नेशनल डेमोक्रेटिक पीपल्स पार्टी (एनडीपीपी) के प्रमुख नेफ्यू रियो आजु नागालैंड के मुख्यमंत्री पद के किरिया लिहलन. उनकर गोल के भारतीय जनता पार्टी गोल से गठबंधन साझेदारी बा.

नागालैंड की राजधानी कोहिमा में आयोजित नेफ्यू रियो के किरिया धराई समारोह में भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह, रक्षा मंत्री निर्मला सीतारमण, आ केंद्रीय गृह राज्य मंत्री किरेण रिजिजू मौजूद रहलें. भाजपा के वाई पेट्टन के राज्य के उप मुख्यमंत्री पद के किरिया धरावल गइल. साथ ही 10 गो मंत्रियों लोग पद आ गोपनीयता के किरिया लीहल. मेघालय के नवका मुख्यमंत्री कोनराड संगमा के अलावा असम, अरुणाचल प्रदेश, अउर मणिपुर के मुख्यमंत्रियो लोग एह समारोह में हाजिर रहल.

नेफ्यू रियो चउथा बेर राज्य के मुख्यमंत्री बनल बाड़ें. एहसे पहिले ऊ साल 2003 से 2014 का बीच लगातार तीन बेर राज्य के मुख्यमंत्री रह चुकल बाड़ें.

नागालैंड विधानसभा चुनाव में भाजपा आ एनडीपीपी मिलके 29 गो सीट जीतले रहलें. चुनाव परिणामन के एलान पिछलके हप्ता भइल रहुवे.

एकरा से पहिले टीआर जेलियांग मंगल का दिने नागालैंड के मुख्यमंत्री पद से इस्तीफा दिहले. अबकी का विधानसभा चुनाव में जेलियांग के नागा पीपल्स फ्रंट के कुल 60 गो विधानसभा सीटन में से 26 सीट पर जीत मिलल रहुवे आ सबसे बड़ दल उनुके रहल.

मौजूदा सरकार के भाजपा-एनडीपी गठबंधन के जनता दल यूनाइटेड के एगो आ एगो निर्दलीय समेत कुल 30 गो विधायकन के समर्थन हासिल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts